जम्मू काश्मीर के यात्रा पर गइल अरुण जेटली आ सुषमा स्वराज के जम्मू काश्मीर के सरकार जम्मू में जाये के अनुमति नइखे देत आ ओह लोग के हवाई अड्डा पर रोक के राखल बा. लागत बा कि काश्मीर हिन्दुस्तान से अलगा कवनो देश ह जहाँ संविधान ना उमर अब्दुल्ला के मर्जी चलेला. निन्दा के बाति अउर बा कि देश के गृह मंत्री उल्टे जेटली आ स्वराज के समुझावे में लागल बाड़न कि मुख्यमंत्री के मर्जी मान लेव लोग आ दिल्ली लवटी आवे. दिल्ली लवटला पर शीला दीक्षित ओह लोग के दिल्ली में ना घुसे देव तब ? आखिर जम्मू काश्मीर का तरह दिल्लीओ में कांग्रेसे के शासन बा.
शर्म आवत बा ई सब देख के कि भारत सरकार भारत के जनता के भारत के सरजमीन पर तिरंगा फहरावे के सुविधा आ सुरक्षा नइखे दे पावत आ ओकरा ओह लोग के भावना के बेसी चिन्ता बा जे भारत का सरजमीन पर पाकिस्तानी झण्डा फहरावेला. भारत में पाकिस्तानी झण्डा फहरावे के छूट आ तिरंगा पर रोक ! जय हो !