अपना स्थापना के सउँवा साल शुरु होखते बिहार समारोह मनावे में लाग गइल बा जवन अलग अलग कार्यक्रम का रुप में साल भर तक चलत रही. काल्हु पटना में विधान परिषद के सउँवा साल के समारोह के उद्घाटन करत राष्ट्रपति प्रतिभादेवी सिंह पाटिल कहली कि हमनी के जाति धर्म संप्रदाय से उपर उठ के पूरा देश का बारे में सोचे के चाहीँ आ कल्याणकारी योजनन के लाभ सगरी लोग तक चहुँपे के चाहीं. एह अवसर पर राज्यपाल देवानंद कुँअर के कहना रहे कि बिहार अपना एतिहासिक आ प्राचीन संस्कृति खातिर जानल जाला आ दुनिया भर में एकर पहिचान बा.

गाँधी मैदान में बिहार दिवस समारोह के उद्घाटन करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि आजु बिहारी कहावल गौरव के बात बन गइल बा. बिहार विकास का राह पर चल निकलल बा. एह मौका पर ऊ प्रदेश के तीन करोड़ चालीस लाख बचवन के हेल्थ कार्ड बनावे के शुरुआत कइलन आ नौ गो किताबन के लोकार्पणो कइल गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: