यूपी के मुख्यमंत्री मायावती आजुकाल अलग अलग जिला के दौरा पर निकलत बाड़ी. उनका आगमन के अनेसा से हदसल प्रशासन हर जगहा मायाजाल बिछावत बा. जवन सड़क बरीसन से चले लायक ना रहे तवना पर राते रात गिट्टी डालि के अलकतरा के छींटा मार के चिप्पी बिछा के केहू तरह समतल बनावल जा रहल बा. अलग बाति बा कि अगिले हफ्ते सगरी चिप्पी एके जगहा बिटोरा जाई आ गिट्टी केहू के चले ना दी. बाकिर ओह से प्रशासन के का ? ऊ त मायावती के आँख पर मायाजाल के चदरी बिछावे में सफल होइये जाई. बलिया शहर में जवना तरह से काम हो रहल बा ओकरो गुणवत्ता का बारे में कुछ नाहिये बोलल ठीक रही. अस्पताल में सफेद चादर बिछावल जा रहल बा, डाक्टर साहबान एप्रन पहिर के राउण्ड लगावत बाड़े. बस एक बेर मायावती बहिन आ के चलि जासु फेर देखल जाई कवन सार हमनी से ठीक से काम करा लेत बा ! काश मायावती अतना कृपा करि देती कि ऊ रोज लखनऊ से उड़ि के कवनो जिला में चलि जाइल करसु. कवना जगहा जइहे ओकर कवनो तारतम्य मत रहे, आ कबो कबो जिला के दौरा का दुसरके दिने फेरु चहुँप के देखलेसि कि प्रशासन का कर रहल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d