टटका खबर, मंगल, ३ अप्रेल २०१२

by | Apr 2, 2012 | 0 comments

शिक्षा

  • गोरखपुर के राकेश कुमार सिंह पीसीएस परीक्षा २००९ मे पहिला जगहा आइल बाड़न. महिला वर्ग में पहिला जगहा पर इलाहाबाद के अर्चना द्विवेदी आइल बाड़ी.
  • यूपी के मुस्लिम बहुल इलाकन में अब उर्दू माध्यम से पढ़ावे वाला स्कूल खोलल जाए के एलान मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कइले बाड़न.
  • जौनपुर के वीरबहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय के इंजीनियरिंग के छात्र सोमार का दिने कुलपति आवास पर प्रदर्शन कइले आ ओह दौरान तोड़फोड़ो कइले. ऊ लोग पीसी लैब खातिर आंदोलन करत बा.
  • बरेली में इम्तिहान देबे जात परीक्षार्थी ओह लोग से नकल सामग्री के तलाशी लेबे वाला प्रोफेसर के पिटाई कर दिहले.
  • बिहार वेटेनरी कॉलेज के जूनियर डाक्टर सोमार का दिने छात्रवृति बढ़ावे के माँग लेके एक दिन के धरना दिहले.

उत्तर प्रदेश

  • १९८० बैच के आईएएस अधिकारी राकेश गर्ग के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के मुख्य सचिव बनावल गइल बा.
  • देवरिया प्लेटफार्म पर घोड़ा दउड़ावे वाला पथरदेवा से समाजवादी पार्टी के विधायक शाकिर अली का खिलाफ रेलवे मुकदमा दर्ज करवलसि. ओने विधायक शाकिर अली के कहना बा कि अपना समर्थकन के भावना के सम्मान करे खातिर ऊ प्लेटफार्म पर घोड़ा पर चढ़ल रहले आ अब से अपना इलाका के दौरा घोड़े पर कइल करीहें.
  • नवमी का दिने इटावा के ब्राह्मणी देवी मंदिर में गोलीबारी खातिर शिवपाल सिंह यादव पुलिस के दोष लगवले बाड़न. एह फायरिंग से दू गो श्रद्धालु के मौत हो गइल रहुवे. एह घटना में मरेवालन के परिवार के पाँच पाँच लाख रुपिया आ घवाहिल होखेवालन के पचास पचास हजार देबे के घोषणा मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कइले बाड़न.
  • अयोध्या मामिला में एक फरीक के पक्षकार जफरयाब जिलानी के राज्य के अपर महाधिवक्ता बनावे के भाजपा विरोध कइले बिया आ एह नियुक्ति के रद्द करे के माँग कइले बिया. अगर जिलानी अपना पद पर बनल रह जात बाड़न त कोर्ट में सरकार के पक्ष तटस्थ रूप से ना रखा पाई.
  • गंगा के प्रदूषण मुक्त करे के माँग का समर्थन में भाजपा नेता लोग आजु वाराणसी में गंगा घाट पर धरना दिहल.
  • इंटर कॉलेजन के प्रबन्ध समितियन के अदालत से चतुर्थ श्रेणी के कर्मचारी बहाल करे के अधिकार मिल गइल. साथही कोर्ट सरकार के ओह आदेशो के रद्द कर दिहलसि जवना में कहल रहे कि चपरासियन के आउटसोर्सिंग करावल जाव.

बिहार

  • विधान परिषद के एगारह सीट के चुनाव छब्बीस अप्रेल के करावल जाई आ ओही दिने वोट के गिनितियो कर लिहल जाई. नीतीश कुमार, सुशील मोदी, ताराकांत झा, नरेन्द्र सिंह, भीम सिंह, उदय नारायण राय, चंदन बागची, बालेश्वर सिंह भारती, रामाश्रय प्रसाद सिंह, उपेन्द् प्रसाद आ संजय सिंह के कार्यकाल छह मई के खतम होखत बा. ओही सीटन खातिर ई चुनाव करावल जाई.
  • लोकायुक्त संशोधन विधेयक सोमार का दिने विधानसभा से पारित हो गइल. हालांकि विरोधी दल के नेता अब्दुल बारी सिद्दीकी कहलन कि जब लोकायुक्त विधेयक पास भइला का बावजूद लागुए ना भइल त ओहमें संशोधन कइला से का फायदा.
  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एह बात से नाराज बाड़न कि बिहार पुलिस के बिना बतवले दोसरा राज्य से आइल पुलिस एहिजा से मुसलमानन के गिरफ्तार कर के ले जात बाड़ी सँ आ कबो दरभंगा माड्यूल त कबो मधुबनी माड्युल भा बिहार माड्युल के नाम दे दिहल जा ता. कहलन कि मुख्यमंत्रियन का बइठक में ऊ ई सवाल उठइहें.
  • सोमार का दिने पटना में इंडो तिब्बत बार्डर पुलिस के सेक्टर मुख्यालय के उद्घाटन केन्द्रीय गृह सचिव आर के सिंह कइलन.
  • राकांपा के महासचिव तारिक अनवर कहलन कि नीतीश सरकार बिहार के आश्रित बिहार बनावे का बदले आत्मनिर्भर बिहार बनावसु. कहलन कि मुख्यमंत्री अबही विशेष राज्य के दर्जा आ पैकेज माँगत बाड़न जबकि योजना मद के पचास फीसदीओ फरवरी ले खरच ना हो पवले रहुवे.
  • सिवान जिला के दरौंदा थाना के रामाछपरा गाँव के रामनरेश सिंह के हत्या के दोषी दारोगा यादव के अदालत उमिर कैद के सजा सुनवलसि.

देश

  • केन्द्र सरकार थलसेना के सलाह दिहलसि कि खरीद प्रक्रिया अइसन बनावल जाव जवना से कवनो तरह के गलती करे वाला के जवाबदेही तय हो सके. सोमार का दिने रक्षा मंत्री सेना से जुड़ल मुद्दा आ प्रस्तावन के समीक्षा कइलन. एह बइठक में थल सेनाध्यक्ष जनरल वी. के. सिंह, नौ सेनाध्यक्ष एडमिरल निर्मल वर्मा, वायुसेना प्रमुख चीफ एयर मार्शल एन. ए. के. ब्राउनी, रक्षा सचिव शशिकांत शर्मा, खरीद महानिदेशक विवेक रे वगैरह शामिल रहले.
  • टाट्रा ट्रक खरीद मामिला में सोमारो का दिने सीबीआई वेक्टार प्रमुख रवि ऋषि से पूछताछ कइलसि. शनिचरो के उनुका से कड़ा पूछताछ भइल रहुवे.
  • महाराष्ट्र में नक्सली अतिवादी गढ़चिरौली जिला के जोगनगुड्डा गांव में दू गो आदिवासियन के गाँव में गोली मार के हत्ता कर दिहले स. केन्द्रीय गृह सचिव आर.के. सिंह सवाल उठवले बाड़न कि नक्सली हमला से अकसर गरीबे काहें मारल जाले जबकि ओहनी के दावा होला कि गरीब के उत्थान खातिर काम करेले.
  • दिल्ली भाजपा अपना सात गो बागी पार्षदन के पार्टी से निकाल दिहलसि.

दुनिया

  • ओसामा बिन लादेन के तीन गो बेवा आ दू गो बेटियन पर पाकिस्तान में गैरकानूनी तरीका से रहे के आरोप लगावल गइल बा आ ४५ दिन के जेल के सजा सुनावल गइल बा. सबका पर एक सौ चौदह डॉलर के जुर्मनो लगावल गइल बा.
  • अफगानिस्तान में सतरह गो आतंकवादी सुरक्षा बल से मुठभेड़ में मारल गइले.
  • सीरिया में अशांति बरकरा बा. एह बीच कोफी अन्नान सुरक्षा परिषद के अपना प्रयास का बारे में जानकारी देबे गइलन.

खेल

  • स्टार ग्रुप जुलाई २०१२ से मार्च २०१८ तक ले के भारतीय क्रिकेट के प्रसारण, इंटरनेट अउर मोबाइल अधिकार हासिल कर लिहलसि. एकरा खातिर स्टार ग्रुप तीन हजार आठ सौ ५१ करोड रुपिया के बोली लगवलसि. स्टार स्पोर्ट्स के मालिकाना हक रूपर्टमर्डोक का लगे बा.
  • भारतीय ओलंपिक संघ तीन बार के ओलंपियन आ हॉकी कप्तान रह चुकल अजीत पाल सिंह के लंदन ओलंपिक खेल खातिर भारतीय दल के मुखिया बनवलसि.

बिजनेस

  • गहना पर से टैक्स हटावे खातिर उद्योग व्यापार मंडल २४ अप्रेल के भारत बंद करे के एलान कइले बावे.
  • पश्चिम बंगाल विधानसभा सोमार का दिने भूमि सुधार संशोधन विधेयक, २०१२ पारित कर दिहलसि जवना से राज्य में औद्योगिकीकरण के प्रक्रिया तेज हो पाई.
  • सरकारी तेल कंपनी सोमार का दिने देश के चेतवली सँ कि अगर दाम बढ़ावे नइखे दिहल जात त पेट्रोलियम के आपूर्ति रोकल जा सकेला. घाटा पर तेल बेचल हमेशा खातिर संभव नइखे. एह कंपनियन के दावा बा कि ओहनी के रोजाना ४८ करोड़ रुपिया के घाटा होखत बा.
  • अमरीका आ यूरोजोन में आर्थिक मंदी का चलते फरवरी में भारत के निर्यात चार दशमलव दू फीसदी घट गइल. जबकि आयात बीस दशमलव छह फीसदी बढ़ गइल बा.
  • सेबी शेयर बाजारे के सूचीबद्ध करे के रास्ता साफ कर दिहलसि आ कहलसि कि एकर ५१ फीसदी शेयर जनता का लगे रह सकेला. विमल जालान समिति एकर विरोध कइले रहुवे.
  • शेयर बाजार में सोमार का दिने मामूली तेजी देखे के मिलल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up