आजु के खास खबर

  • उप्र के 11 जिला बाढ़ का चपेट में
  • बिहार के बड़की नदी सभ में उफान आ गइल बा
  • अफजल के फांसी से काश्मीर घाटी में अशान्ति के अनेसा बा, कहले उमर अब्दुल्ला
  • चारा घोटाला : लालू अउर जगन्नाथ के याचिका खारिज
  • बिहार के बड़की नदी सभ में उफान आ गइल बा

बिहार

  • चारा घोटाला : लालू अउर जगन्नाथ के याचिका खारिज
  • बिहार के बड़की नदी सभ में उफान आ गइल बा

यूपी

  • उप्र के 11 जिले बाढ़ की चपेट में.
  • उत्तर प्रदेश पुलिस देवरिया के एगो थाना के ‘भुतहा कक्ष’ से डेराले आ केहू ओहमें जाइल ना चाहे जवना चलते ऊ पिछला दस साल से खाली पड़ल बा.

देश

  • भाजपा सांसद वरुण गांधी शुक का दिने कहले कि ऊ अन्ना हजारे टीम वाला जन लोकपाल विधेयक के संसद में एगो निजी सदस्य के विधेयक का रूप में पेश करीहे.
  • छत्तीसगढ़ के तनावग्रस्त बस्तर क्षेत्र में शुक का दिने नक्सलियन का हमला में कम से कम 10 पुलिसकर्मी शहीद हो गइले.
  • मुम्बई के मशहूर डब्बावाला आजु शुक का दिने आपन 120 साल पुरान परम्परा तूड़ के अन्ना के समर्थन में हड़ताल पर रहले.
  • अपना आंदोलन के मिलल अपार जनसमर्थन से गदगद अन्ना हजारे आजु रामलीला मैदान में चहुँपला पर कहले कि जन लोकपाल विधेयक पारित होखे ले उनुकर अनशन चालू रही.
  • देश आजाद होखे का बेरा बंगाल के बँटवारा भइल रहे आ भारत वाला हिस्सा के नाम पश्चिम बंगाल धराइल रहे बाकिर अब एकर नाम बदल के ‘पश्चिम बंग’ कर दिहल जाई.
  • भारतीय अनन्य पहचान प्राधिकरण (यूआईडीएआई) के अध्यक्ष नंदन निलेकणी के कहना बा कि खाली लोकपाले विधेयक से देश के भठियरपन खतम ना होखी. ई त एगो रास्ता भर हवे.
  • ममता भवानीपुर विधानसभा सीट से चुनाव लड़ के विधानसभा में अइहे. अबही ऊ सांसद बाड़ी बाकिर छह महीना का भीतर उनुका विधायक बने के बा.
  • कई साल से खाली पड़ल लोकायुक्त के पद खातिर गुजरात उच्च न्यायालय बियफे का दिने गुजरात सरकार के नोटिस जारी कर दिहलसि.
  • फैशन से बहरियाइल गांधी टोपी एक बेर फेर से लोग के माथ पर चमके लागल बा. अन्ना हजारे के आंदोलन एकरा के लोग का माथा पर ‘ताज’ बना दिहले बा आ अब एकरा के पहिनल शान समुझल जात बा. बाजार में एकर बिक्रिओ बढ़ गइल बा.
  • पंजाब में एगो आदमी के तीन साल के अपने बेटी के अपहरण के आरोप में गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में आरटीआई कार्यकर्ता शेहला मसूद के हत्या के जांच सीबीआई से करावे कातिर राज्य सरकार तइयार बिया.
  • मालेगांव बम विस्फोट मामले में प्रमुख आरोपी साध्वी प्रज्ञा सिंह ठाकुर बियफे का दिने सर्वोच्च न्यायालय में कहली कि उनुका के जमानत पर रिहा कर देबे के चाही काहे कि उनुकर गिरफ्तारी संवैधानिक अधिकारन के उल्लंघन बावे.
  • पश्चिम बंगाल पुलिस बियफे का दिने नौ साल पुरान कंकाल मामिला में एगो प्रत्यक्षदर्शी के गिरफ्तार कर लिहलसि जे बाद में पूछताछ में सहयोग करत बा.

दुनिया

  • अफगानिस्तान में शुक का दिने ब्रिटिश काउंसिल पर बम आ गोलियन से हमला में सात लोग के मौत हो गइल. हमला तब भइल जब अफगानिस्तान आपन 92वां स्वतंत्रता दिवस मनावत रहल.
  • पाकिस्तान में शुक का दिने एगो मस्जिद में भइल फिदायिन हमला में 50 से अधिका लोग मर गइले आ 125 लोग घवाहिल हो गइले.
  • अमेरिका अब ओह विद्यार्थियन के आ गैरकानूनी तरीका से आइल लोग के देश से ना निकाली जिनका से सार्वजनिक सुरक्षा खातिर कवनो खतरा ना होखे. ऊ लोग वैधानिक तरीका से कामो कर सकीहे.

व्यापार व्यवसाय

  • अमेरिकी अउर यूरोपियन बाजार के मंदी के असर भारतो का बाजार पर पड़ल बा जवना से निवेशकन के घाटा हो रहल बा,
  • सप्ताह के आखिरी कारोबारी दिन आजु शुक के सेंसेक्स 328.12 अंक गिरके बन्द भइल.
  • पर्सनल कम्प्यूटर व्यवसाय से बाहर निकली एचपी.
  • भारतीय रिजर्व बैंक के कहना बा कि देश में महंगाई नवम्बर ले नौ फीसदी से उपरे रही.

मनोरंजन

  • बॉलीवुड फिल्म निर्माता प्रकाश झा के विवादास्पद फिल्म ‘आरक्षण’ पर उत्तर प्रदेश में लागल रोक सु्प्रीम कोर्ट शुक का दिने हटा दिहलसि.
  • बॉलीवुड सुपरस्टार सलमान खान एकदम स्वस्थ बाड़े आ उनुका के अस्पताल में भरती नइखे करावल गइल. एह बारे में पहिले अफवाह उड़ा दिहल रहे.
  • निर्देशक प्रवीण डबास के अपना फिल्म ‘सही धंधे, गलत बंदे’ के प्रदर्शन खातिर सेंसर बोर्ड के अनुमति पावे से ठीक पहिले फिल्म के कुछ सीन आ संवाद काटे के पड़ल जवन एगो राजनेता से मिलत जुलत रहल.

खेल

  • इंग्लैंड एवं वेल्स क्रिकेट बोर्ड अपना काउंटी टीमन के अगिला महीना भारत में होके जा रहल चैम्पियंस लीग बीसबीसा प्रतियोगिता में खेले से रोक सकेला अगर भुगतान पहिले ना मिलल त.
  • ओवल टेस्ट : पीटरसन आ बेल लगवले आपन आपन पचासा आ इंग्लिश क्रिकेट टीम केनिंग्टन ओवल मैदान पर जारी चउथा टेस्ट मैच के दुसरा दिने अपना पहिला पारी में दू विकेट का नुकसान पर 210 रन बनाके मजबूत स्थिति में आ गइल बा,
  • देश के माथ टेनिस खिलाड़ी सोमदेव देवबर्मन टोक्यो में 16 से 18 सितम्बर तक होके वाला डेविस कप वर्ल्ड ग्रुप प्लेऑफ मुकाबिला में जापान के खिलाफ भारतीय टीम के अगुवाई करीहे,
  • पाकिस्तानी हॉकी टीम के तीनगो कप्तान खिलाड़ियन – रेहान बट्ट, जीशान अशरफ अउर शकीब अब्बासी समेत आठ खिलाड़ी दिसम्बर में होखे जा रहल वर्ल्ड सीरीज हॉकी में ना खेल पइहे काहे कि पाकिस्तान हॉकी महासंघ एह लोग के अनापत्ति प्रमाण पत्र नइखे देत.
  • फ्रांस के पूर्व ओलम्पिक पोल वॉल्ट चैम्पियन पियरे क्यूनन खुदकुशी कर लिहलन. कारण का बारे में कवनो जानकारी सामने नइखे आइल.
  • सिनसिनाटी ओपन : क्वार्टर फाइनल में पहुंचल पेस-भूपति आ बोपन्ना-कुरैशी के जोड़ी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d