अखिलेश के राहुल से साथ से खिसियाइल मुलायम सिंह आजु एलान क दिहलन कि ऊ एह गठबन्हन ला प्रचार ना करीहन. कहलन कि एकर कवनो जरुरत ना रहल आ सपा अकेले सरकार बनावे लायक जीत हासिल क लीत अब पाँच बरीस के मौका गँवा दिहलन अखिलेश. उनुका इहो शिकायत बा कि कई लोग के टिकट ना देके अखिलेश ओह लोग के बेकार बना दिहले.
एक आ एक मिलके एगारह बने के सपना पालत अखिलेश आ राहुल के जोड़ी आजु एके साथ लखनऊ में मीडिया से अपन बात कहलें। राहुल कहलन कि एह गठबन्हन के 300 सीट मिली आ भाजपा के हरा दी। अखिलेश कहलन कि हमनी का साइकिल के दू गो पहिया हईं सँ आ विकास से विजय ओर बढ़त बानी जा। आजु ई लोग मिलके सड़कों पर निकली आ 6 किलोमीटर ले रोड शो करी।
सरकार से निकालल गइल आ टिकट खाति तिकवत बलिया नगर से सपा विधायक आखिरकार मायावती का शरण में चल गइलन. नारद रात के बसपा में सतीश मिश्र का मौजूदगी में शामिल करावल गइल आ प्रेस के बोला के सतीश मिश्र एकर एलान क दिहलन. अब बलिया नगर से बसपा उमीदवार हो गइलें नारद राय आ पिछला कई साल से हाथी के पोंछ ध के चलत रामजी गुप्ता के किनारे क दिहलसि बसपा. नारद राय के सपा टिकट देबे के निहोरा कइले रहलन मुलायम सिंह यादव बाकि अखिलेश उनुकर बात ना मनलन.
जौनपुर जिला में छह जगहा पुलिस छापामारी क के छह जने के गैरकानूनी शराब बनावे का मामिला में गिरफ्तार क लिहल गइल. एह लोग का लगे से 1500 पेटी देशी शराब, 400 लीटर गैरकानूनी शराब आ शराब बनाने के सामान बरामद भइल बा. बारमद शराब आ सामान के कीमत कगीब 50 लाख बतावल जात बा.
बलिया जिला के रसड़ा इलाका के खलीलपुर गांव से काल्हु रात बलिया आवत एगो कार के सामने से आवत ट्रक से टक्कर हो गइल आ कार सवार तीन जने के मौद हो गइल. एक जने घाहिलो बाड़ें.
गोरखपुर जेल से मऊ के सपा विधायक बैजनाथ पासवान से एगे अपराधी मोबाइल प फोन क के 17 लाख के रंगदारी मंगले बा. चिरैयाकोट इलाका के क़स्बा निवासी आ मोहम्मदाबाद गोहना से सपा विधायक बैजनाथ पासवान के कहना बा कि 20 जनवरी का दिने गोरखपुर जेल में बन्द राजू कनौजिया उनुका से 17 लाख रुपिया के रंगदारी मांगलसि आ ना दिहला प अंजाम भुगते के धमकी दिहले बा.
भदोही नगर के मुल्ला तालाब निवासी अॉटो चालक जावेद भदोही जीशन से छह गो सवारी ले के मोढ़ जात रहुवे जब भदोही-सुरियावां रोड प पिपरिस पेट्रोल पम्प का नियरा सड़क किनारे खड़ा ट्रक से दकरा गइल. एह हादसा में चालक समेत आधा दर्जन लोग घाहिल हा गइल.
मऊ के हलधरपुर इलाका के बेलौझा तरवां गांव निवासी अमीरनाथ चौहान रात में नाराज हो के घर से निकल गइल रहुवे. सबेरे ओकर लाश जमालपुर का लगे एगो गाछ प लटकल मिलल.
रोहतास जिला के अकोढ़ीगोला इलाका में नावाडीह गांव का नियरा सोन नहर से पुलिस आजु दू गो लाश निकललसि। दुनू नवहियन के घेंटी चांप के मुआवल लागत बा।
चंदौली जिला के मुगलसराय इलाका में आजु फजीरे गाछी चढ़ के पतई तुड़त एगो लईका हाई वोल्टेज तार से सटला का चलते झँउस के मर गइल। घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस चहुँपल आ लाश कब्जा में ले के पोस्ट मॉर्टम ला भेज दिहलसि।
सोनभद्र जिला के घोरावल से अपना गाँवे लवटत एगो आदमी के मोटर साइकिल काल्हु सँझिया खुंटहा नहर में पलट गइल आ नहर में डुबला से ओकर मौत हो गइल।