रोहतास जिला के नौहट्टा इलाका के सलसा गाँव से चार गो नक्सली उग्रवादियन के असलहा साथे काल्हु शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस.
सारण जिला में साढ़े सात सौ अभ्यर्थियन के टीईटी प्रमाण पत्र फर्जी मिलल बा. एह लोग का खिलाफ कार्रवाई करे के प्रक्रिया चालू हो गइल बा.
पूर्वी चंपारण जिला के छतौनी इलाका में एगो ट्रक से कचरा के कोचिंग में पढ़ावे वाली मास्टरनी के मौत हो गइल.
कैमूर जिला के कुदरा इलाका के सकरी गांव का लगे ट्रैक्टर आ कार के टक्कर से तीन जने घवाहिल हो गइलें.
बस्ती जिला के वाल्टरगंज इलाका में आजु अतवार का भोर में रेलगाड़ी से कटइला का चलते दू जने के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें. बतावल जात बा कि ई लोग दिशा मैदान खातिर निकसल रहुवे जब लाइन पार करत में ई हादसा हो गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: