बलिया के सहतवार इलाका में सहतवार रेवती रोड पर डेंटिंग पेंटिंग के काम करे वाला एगो दुकान के कारबाइड सिलिण्डर में धमाका हो गइल जवना चलते छह जने घाहिल हो गइलें. इलाज का दौरान एक आदमी के मौत हो गइल. तीन जने के हालत खराब देखत ओह लोग के वाराणसी रेफर क दीहल गइल बा.
मरे वाला रहलन तीस बरीस के मनोज राजभर जे अकोल्ही केवरा गाँव के रहलन.
धमाका अतना जोरदार रहुवे कि पूरा इलाका थर्रा गइल. धमाका के आवाज सुनते बगले में रहल सहतवार थाना से सिपाही धावत चहुँपले आ घवाहिलन के आनन फानन में एम्बुलेंस मँगवा के अस्पताल भेजलें.
धमाका काहे आ कइसे भइल ई पता लगावल जात बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d