केंद्र सरकार पूर्वांचल समेत यूपी के दस जिलन में पीए के शुद्ध पानी के इंतजाम करावे ला 1583 करोड़ खरच करे के मंजूरी दे दिहलसि. एह में से 87 फीसदी केन्द्र सरकार दी जबकि 13 फीसदी खरच राज्य के करे पड़ी.
इलाहाबाद, सोनभद्र, गाजीपुर, बलिया, कुशीनगर, देवरिया, गोरखपुर, बस्ती अउर बहराइच में होखे जात एह योजना के जानकारी केंद्रीय पेयजल अउर स्वच्छता राज्य मंत्री रामकृपाल सिंह यादव देवरिया में संवाददातन के दिहलन.