लगातार आ बेकाबू बिजली चोरी से निपटे में आपन नाकामी सकारत पूर्वाचल बिजली वितरण निगम बलिया आ मऊ जिला में बिजली बिस वसूली के जिम्मा अब प्राइवेट कंपनी के देबे के फैसला कइले बिया. यूपी के अउरियो वितरण निगम एही तरह आपना अपना इलाका के महाचोर जिलन के निजी कंपनियन का कपारे फोड़े के फैसला कइले बाड़ी सँ.
पहिले बिजली विभाग निजी करण के विरोध करत रहुवे बाकिर अब समेकित सेवा प्रदाला के नाम देत बिजली के बड़का चोर जिलन के वसूली के काम निजी कंपनियन के देबे जा रहल बावे. अब एही कंपनियन के ऊपर रही कि बिजली मीटर लगावे, बकाएदारन के बिजली काट देव, विभाग अब बस एतने देखल करी कि इमानदार उपभोक्तन के बिजली मिलत रहो.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: