बलिया टीसन के मॉडल टीसन में शामिल त क लीहल गइल रहुवे बाकिर जमीन पर कवनो बड़हन फरक देखे के ना मिलत रहुवे. अब एकर कायाकल्प करे के काम पूरा जोर शोर से होखे लागल बा. टीसन पर वाई फाई के सुविधा दिहला का बाद अब प्लेटफार्म के शेड बदले क काम शुरू हो गइल बा. एक नम्बर प्लेटफार्म के लम्बाई बढ़ावे के कामो पूरा होखे पर बा जवना का बाद 24 कोट वाला ट्रेनो एक नम्बर प खड़ा होखे लगीहें सँ. साथही दोसरा प्लेटफार्म पर जाए ला एक्सेलेटर लगावल जा रहल बा. वाशिंग पिट के लम्बाई बढ़ावल जा रहल बा. एह सब का बाद एहिजा से कुछ नया रेलगाड़ी चलावे के उमीदो बतावल जा रहल बा.

बलिया ला एगो अउर खुशखबरी जल्दिए सामने आवे वाला बा जब बलिया में एगो मेडिकल कॉलेज खोले के एलान कइल जाई. केन्द्र सरकार के योजना बा कि यूपी में आठ गो नया सरकारी मेडिकल कॉलेज खालल जाव आ अगर सब कुछ ठीक रहल ल एगो क़ालेज बलियो के मिल सकेला. एह बाति के भरोसा बलिया से भाजपा सांसद भरत सिंह दिहले बाड़ें

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d