अबहिए पता चलल बा कि बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी इस्तीफा दे दिहलन काहे कि उनुका पता चल गइल कि उनुका लगे बहुमत नइखे. बाकिर एह दौरान नीतीश कुमार के सत्ता लोलुप चेहरो उजागर क गइले जीतन.

(बियफे 19 फरवरी के खबर)

  • बक्सर जिला के डुमरांव व्यवहार न्यायालय के हरियाणा फार्म से हटाके डुमरांव टेक्सटाइल मिल के बंद पड़ल जमीन पर खोले के विरोध करत अनुमंडल अधिवक्ता संघ मिल का सोझा धरना दिहलसि.
  • बक्सर जिला के सिकरौल इलाका के बसांव पुलिया का लगे मंगल का रात एगो डाककर्मी से लूट के मामिला में पुलिस के कहना बा कि लूट भइले ना रहे. ओह डाककर्मी के मोटरसाइकिल के एगो बोलेरो से धक्का लागल त नशा में मताइल डाककर्मी बिना देरी पुलिस आ अपना अधिकारियन के लूट के खबर दे दिहलसि. पुलिस चहुँपल त रुपिया ओकरा लगही मिल गइल.
  • सासाराम जिला के मुरही गांव के रिंकू देवी के हत्या से खिसियाइल गाँव वाले बियफे के साँझ दरिगांव थाना का सोझा लाश राख के सड़क जाम कर दिहले.
  • सासाराम के गौरक्षणी-गजराढ़ मुहल्ले से बुध का रात में एगो भाजपा नेता के बोलेरो चोरा लिहल गइल.
  • संविदा पर काम करत कर्मचारियन के हड़ताल का चलते सासाराम शहर के बिजली दस घंटा ले गायब रहल. हड़ताली कर्मचारी तारे काट दिहले रहले सँ.
  • रोहतास जिला के डेहरी-आनसोन में नया बनल राजकीय पालीटेक्निक के उद्घाटन बुध का दिने विज्ञान आ प्रौवैधिकी मंत्री शाहिद अली खान रिमोट से कइलन.
  • नरकटियागंज से हाजीपुर जाएवाली इंटरसिटी एक्सप्रेस में चढ़े के फेरा में अठारह बरीस के एगो लईकी नीचे गिर गइल आ ओकर टाँग कट गइल ट्रेन से.
  • छपरा सदर अस्पताल में संविदा पर बहाल डाक्टर शुक का दिन से हड़ताल पर रहींहे. ई लोग अपना के नियमित करे के माँग करत बा.
  • सारण जिला के एकमा के अढ़ाई हजार लोग के रसोई गैस कनेक्शन हमेशा ला बंद क दिहल गइल बा. ई लोग अब अपना नाम पर दोसरो कनेक्शन ना ले पाई.
  • छपरा जंक्शन यार्ड में खड़ा छपरा-दिल्ली एक्सप्रेस के एगो बोगी में बियफे के साँझ अचके में आग लाग गइल आ एगो जनरल बोगी पूरा जर गइल.
  • छपरा-सिवान मेन रोड पर दाउदपुर का लगे दू गो सड़क हादसा में एगो आदमी के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल. सबदरा गांव के एगो बूढ़ के सिवान से आवत बस कचारत चल गइल.
  • अरेराज- बेतिया रोड पर लौरिया गाँव का लगे बियफे का दिने एगो बोलेरो दस साल के एगो लड़िका के कचारत भाग गइल. ओकर मौत ओहिजे हो गइल.
  • सिवान के दक्खिन टोला में दू लोग प्रोपर्टी डीलर पर गोली चलावल गइल जवना में एगो के गोड़ में गोली लागल जबकि दोसरका के तीन चार गोली लागल. कहल जात बा कि दोसरके निशाना पर रहुवे. पहिलका के त बस टाँग में गोली मार के घवाहिल भर कइल गइल.
  • सिवान के बड़हरिया इलाका के भीमपुर गाँव के एगो नवही के लाश चंवर के बड़का तालाब में मिलल. सोरह बरीस के ई नवही घरे से नहाए खातिर निकलल रहुवे.
  • सिवान के बड़कागांव बाजार पर बियफे का दिने एगो जीप से कचरा के कोइरी टोला के एगो दस बरीस के लड़िका के मौत हो गइल आ एगो अउर लड़िका घवाहिल हो गइल.
  • बलिया शहर के गुदरी बाजार में बियफे के साँझ दुर्गा प्रतिमा से आंख निकालत एगो चोर के लोग पकड़ लिहल जबकि दोसरका चोर सोना के एगो आँख ले के भाग निकलल.
  • बांसडीह रोड टीसन का लगे क मां दुर्गा मंदिर के ताला तूड़ के बुध के रात माता के गहना चोरा लिहल गइल बा. दान पेटीओ के खाली कर गइले सँ चोर.
  • देवरिया शहर में बियफे के साँझ एगो निजी अस्पताल में आपरेशन का दौरान एगो औरत के मौत का बाद परिवार वाले जम के तूड़फोड़ कइले.
  • देवरिया के सूर्या एकेडमी के विद्यार्थी स्वच्छ भारत अभियान के तहत बियफे का दिने हनुमान मंदिर परिसर के सफाई कइले.
  • नंदगंज गाजीपुर में बियफे के रात में कुसुम्हीकला चट्टी का लगे एगो बोर्ड परीक्षार्थी ट्रक से कचरइला से मर गइल.
  • महाशिवरात्रि का दिने गोरखनाथ मंदिर से चोरावल छह महीना के लड़िका बियफे का दिने महादेव झारखंडी में शिव मंदिर के चबूतरे पर सकुशल मिल गइल. एह मामिला में गिरफ्तार ओह बच्चा के मौसी के पुलिस छोड़ दिहले बिया.
  • गोरखपुर के मोहद्दीपुर से कूड़ाघाट ले बने वाला ओवरब्रिज के प्रस्ताव के खिलाफ व्यापारी समुदाय प्रदर्शन कइलस.
  • Loading

    कुछ त कहीं......

    This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

    Scroll Up
    %d