(शुक, 20 फरवरी के खबर)

  • JP-Naddha-and-AdityaNath-at-GorakhpurMedicalCollegeकेन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री जेपी नड्ढा आ गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ शुक का दिने गोरखपुर मेडिकल काॅलेज अस्पताल के निरीक्षण कइले आ अस्पताल के विकसित करे के भरोसा दिहले.
  • दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कर्मचारी संघ के चुनाव में मनीष त्रिपाठी अध्यक्ष, राजबहादुर गौतम महामंत्री आ संतोष सिंह के उपाध्यक्ष पद खातिर चुन लिहल गइल.
  • सोनबरसा बाजार में पिपराइच मोड़ पर एगो बोलेरो से कचरा के इंटर के इम्तिहान दे के लवटत एगो छात्रा के ठाँवे पर मौत हो गइल. राह पारत करत घरी ऊ मोबाईल पर बतियावे में लागल रहुवी.
  • बड़हलगंज में भइल सड़क हादसा में एगो मोटरसाइकिल सवार नवही के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें. धक्का मारे वाला गाड़ी के पता नइखे काहें कि घटना रात करीब नौ बजे भइल.
  • वाराणसी-गोरखपुर नेशनल हाइवे पर हैदरगंज आ कैथवली का बीच शुक का साँझे भइल ट्रक आ टैंपो के टक्कर में टैंपो चालक मोनू के ठाँवे पर मौत हो गइल आ एगो सवारी सुमन के वाराणसी ले जाए का राह में मौत हो गइल. सात जने घवाहिल हो के अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े.
  • गाजीपुर शहर के मिसिर बाजार में बिजली के शार्ट-सर्किट से शुक का भोर में आग लाग गइल आ नाहियो त पाँच लाख रुपिया के संपति राख हो गइल.
  • इंटर परीक्षा में नकल करत धराइल परीक्षार्थियन के निकाल बाहर कइला से खिसियाइल परीक्षार्थी छपरा के बाबू भुवनेश्वर डिग्री काॅलेज में जम के तोड़फोड़ क दिहले. बाद में पुलिस चहुँपल आ बवालियन पर काबू पवलसि.
  • देवरिया जिला के बरहज विकास खंड के भुलईपुर के पुरनका प्रधान पर 8.62 लाख रुपिया गबन करे के आरोप लगावल गइल बा.
  • पूर्वोत्तर रेलवे के महाप्रबंधक अगिला हफ्ता देवरिया आ सकेलें एह संभावना के देखत टीसन के साफ सफाई करावल जा रहल बा.
  • देवरिया डेवलपमेंट आर्गनाइजेशन के कार्यकर्ता लोग केंद्रीय मंत्री कलराज मिश्र के ज्ञापन भेजले बा कि हथुआ रेल लाइन परियोजना के भटनी का बजाए देवरिया सदर से जोड़त एकरा के जंक्शन बना दिहल जाव.
  • बलिया जिला के तिनेश्वर नाथ कुकुरहा के मंदिर से बियफे का रात में पंपसेट के मोटर चोरा लिहल गइल बा.
  • महाशिवरात्रि का दिने भइल नगरा-गड़वार मोड़ पर के सड़क हादसा में घवाहिल एगो अउर नवही के वाराणसी में इलाज का दौरान मौत हो गइल. तीन जने त ओहि दिन मर गइल रहले.
  • इंटर परीक्षा के पहिलके दिने गोपालगंज में जीवविज्ञान के परचा लीक होखे के मामिला के जाँच शुक का दिने तीन सदस्यन के टीम कइलसि.
  • आरा-बक्सर रेल खंड पर कारीसाथ टीसन का लगे शुक का दिने ट्रेन से कटा के एगो आदमी के मौत हो गइल. ओकर उमिर करीब पचपन साठ के रहल होखी.
  • नरकटियागंज के हरदिया चौक पर बियफे का रात तीन गो दुकानन के छान्ह उजाड़ के चोरी कर लिहल गइल. होटल राज महल का सोझा खाड़ कइल एगो बोलेरो गाड़ियो चोरा लिहल गइल बा ओहि रात.
  • बियफे देर रात पहाड़पुर पुलिस सिसवा कान्ही टोला के भटेली साह के दुआर पर खड़ा चोरावल बोलेरो जब्त क लिहलसि आ भुटेली के गिरफ्तार कर लिहले बिया.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d