देवरिया में अदालत ने सेक्स कांड के तीन आरोपी को भेजा रिमांड पर

देवरिया 18 अगस्त (वार्ता). उत्तर प्रदेश में देवरिया के अपर सत्र न्यायाधीन के अदालत मां विंध्यवासिनी महिला प्रशिक्षण एवं समाज सेवा संस्थान से संचालित बाल गृह बालिका, बाल गृह शिशु और सुधार गृह के तीन गो आरोपियन के तीन दिन ला रिमांड पर भेज दिहलसि.
अदालत के सूत्र बतवलें कि देवरिया पुलिस पिछला पांच अगस्त के देर रात सदर इलाका के एह बालिका गृह से सेक्स रैकेट के खुलासा करत ओहिजा से 24 गो महिला आ कुछ बचवन के छोड़वलसि.
एह मामिला में पुलिस तीन गो आरोपियन – संचालिका गिरजा त्रिपाठी, उनुकर मरद मोहन त्रिपाठी आ उनुकर बेटी कंचन लता – के गिरफ्तार क लिहलसि आ मामिला के जांच करत विशेष जांच दल (एसआईटी) अदालत से एहनी के रिमांड पर देबे के मांग कइले रहुवे.
एडीजे पास्को के विशेष न्यायाधीश प्रमोद कुमार शर्मा के अदालत एह माँग के सकार लिहलसि आ तीनों आरोपियन के रिमांड पर दे दिहलसि.
शुरुआती जांच में पता चलल बा कि एहिजा रहे वाली 15 से 18 बरीस के लड़िकियन से नाजायज धंधा करावल जात रहुवे. खुलासा बेतिया, बिहार के एगो लड़िकी के भाग निकलला आ पुलिस का लगे चहुँपला का बाद भइल.
मामिला सामने अइला का बाद देवरिया के जिलाधिकारी सुजीत कुमार आ डीपीओ प्रभात कुमार के हटा दीहल गइल बा.
देवरिया के कुर्ना नाला में मिलल नवही के लाश
देवरिया,18 अगस्त (वार्ता). उत्तर प्रदेश में देवरिया के सदर कोतवाली इलाका में शनिचर का गिने कुर्ना नाला में संदेहास्पद हालात में मिलल एगो नवही के लाश से सनसनी सपर गइल.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि भलुअनी इलाका के नगडीहा गांव के नवनाथ तिवारी (28 बरीस) के लाश शनिचर का दिने खोराराम गांव का लगे कुर्ना नाला से बरामद कइल गइल. नवनाथ कुछ दिन पहिले भेलापार में अपना बहिन किहां आइल रहलें आ शुक के सँझिया में अपना गांवे जाए के बात कहके निकलल रहलें.
लोग इहो बतावत बा कि नवनाथ मानसिक रूप से बीमार रहलें आ उनुकर दवाई चलत रहुवे. पुलिस मामिला के जांच करत बिया.
बलिया में गरम तेल के कढ़ाई में गिरके मासूम के मौत
बलिया 18 अगस्त (वार्ता). उत्तर प्रदेश के बलिया जिला के रसड़ा कोतवाली इलाका के भगत सिंह तिराहा पर एगो मिठाई के दुकान में शनिवार के दुपहरिया दुकान मालिक के दू बरीस के लड़िका गरम तेल का कढ़ाई में गिर गइल आ ओकर मौत हो गइल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि दू बरीस के लड़िका दिव्यांश दुपहरिया मे अपना पिता के मिठाई के दूकान पर खेलत रहुवे. सीढ़ी पर चढ़त घरी ऊ नीचे राखल गरम तेल का कड़ाही में गिर पड़ल आ बहुते झँउस गइल.
घर के लोग ओकरा के इलाज खातिर रसड़ा अस्पताल ले गइलें जहाँ से ओकरा के मऊ खातिर रेफर कर दीहल गइल. मऊ लो जाए का राहे में ओकर मौत हो गइल.
बलिया में आजाद हिंद फौज के सिपाही रहल शंभु नाथ ठाकुर के निधन
बलिया 18 अगस्त(वार्ता). उत्तर प्रदेश में बलिया के बैरिया इलाका के रहे वाला आ आजाद हिंद फौज के सिपाही रहल शंभूनाथ ठाकुर के शनिचर का दिने मौत हो गइल. ऊ 103 बरीस के हो गइल रहलें.
पारिवार के लोग बतवलें कि ऊ ढेर दिन से बीमार रहलें आ शनिचर के सबेरे उनुकर निधन हो गइल.
शम्भुनाथ साल 1939 से 1944 ले नेताजी सुभाष चंद्र बोस के आजाद हिन्द फौज में सिपाही रहलें आ एह दौरान ऊ नेताजी का साथे बर्मा, इंफाल आ कोहिमा में अंग्रेजन से लोहा लिहले रहलें.
शंभू नाथ ठाकुर दुसरका विश्वयुद्धो में फौज में रह के लड़ाई लड़ल रहलें.
उनुकर अंतिम संस्कार पूरा राजकीय सम्मान का साथे बैरिया इलाका के बहुआरा गाँव के गंगा किनारे कइल गइल.