जौनपुर, 19 फरवरी (वार्ता) जौनपुर दीवानी अधिवक्ता संघ के अध्यक्ष रहल तेज बहादुर सिंह को जान से मारे के धमकी मिलला का बाद खि,ियाइल वकील आजु आपन न्यायिक काम ना कइलन आ अधिवक्ता के सुरक्षा दिआवे के मांग कइलें.

बतावल जात बा कि श्री सिंह आ उनुका बेटा अधिवक्ता मनीष सिंह के मुंबई से फोन क के जान से मारे के धमकी दीहल गइल बा. शहर कोतवाली पुलिस मुकदमा दर्ज क के ओह अनाम आरोपी के चिह्नासी करे में लाग गइल बिया. जवना पीसीओ से फोन कइल गइल बा ओकर पता लाग गइल बा आ फोनो करे वाला के जल्दिए पता लाग जाई. पुलिस के दावा बा कि ओकरा के जल्दिए गिरफ्तार कर ली.

जौनपुर शहर के शहाबुद्दीनपुर मोहल्ला में रहे वाला तेज बहादुर सिंह कोतवाली में तहरीर दिहले बाड़न कि 16 फरवरी का दिने उनुका मोबाइल फोन पर मुंबई के नबर से फोन आइल आ फोन करे वाला कहलसि कि तोहरा के आ तोहरा बेटा के मारे के सुपारी हमरा मिलल बा. अब तोहरा लोग के खैरियत नइखे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d