सिवान जिला के गुठनी इलाका के ग्यासपुर गांव में अपना नाना के सराध खातिर आइल एगो नवही के अतवार के रात में सड़क हादसा में मौत हो गइल. यूपी के देवरिया जिला के बौलिया पाण्डेय गांव के नवही दीपक राय सराध के भोज खा के लवटत रहुवे जब बीच राह में ओकर मोटरसाईकिल बेकाबू हो के गड़हा में पलट गइल आ ओकर मौत हो गइल. बाइक पर पाछा बइठल एगो दोसर नवही बहुते घवाहिल हो के बाच गइल.