सारण में करोडों के अष्टधातु मूर्तियन के चोरी

छपरा 19 फरवरी (वार्ता) बिहार के सारण जिला के रिविलगंज थाना क्षेत्र के गौतम ऋषि के आश्रम से करोड़ों रुपिया दाम के तीन सौ बरीस पुरान दू गो भारी भरकम मूर्तियन के चोरी हो गइल बा.

पुलिस सूत्रन के कहना बा कि गौतम ऋषि आश्रम के मुख्य दरवाजा में लागल ताला तूड़ के काल्हु रात लक्ष्मण जी आ सीता जी के 20-20 किलो भारी दू गो अष्टधातु मूर्तियन के चोरा ले गइले सँ चोर. राम जी के मूर्ति कवनो कारण से बाच गइल बा.

चोरी गइल मूर्तियन के करीब तीन सौ बरीस पुरान बतावल जात बा आ एकर दाम कई करोड़ बतावल जात बा. आश्रम के महंत गोपाल दास का बयान पर अनाम चोरन का खिलाफ केस दर्ज हो गइल बा.

एह चोरी के खबर सुनि के अगल बगल के गाँवन के लोग आजु सबेरे से राष्ट्रीय उच्च पथ 19 छपरा-बलिया रोड जाम क दिहले बा. प्रशालन लोग के समुझावे बुझावे में लागल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up