यौगी सरकार केहू का आँवक में नइखे आवे वाली
यूपी के चिकित्सा स्वास्थ्य मंत्री सिद्घार्थ नाथ सिंह अपने गठबन्हन के साथी आ अपना बराबरी के मंत्री ओम प्रकाश राजभर के आरोपन के जवाब देत कहलन कि योगी आदित्यनाथ के सरकार केहू के आँवक में नइखे आवे वाली. ओम प्रकाश राजभर ढेर दिन से रहि रहि के योगी सरकार का खिलाफ बयानबाजी करत रहेलें.

बनारस में सड़क हादसा
वाराणसी के फूलपुर इलाका मे आजु एगो सड़क हादसा में बस पलटला का चलते ओह पर सवार करीब एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइलें.

बेतिया में दू गो बदमाश धरइलें
पश्चिम चंपारण जिला के नगर थाना इलाका से वाहन जाँच में लागल पुलिस दू गो अपराधीयन के चिह्न लिहलसि आ ओहनी के असलहन का साथे गिरफ्तार क लिहलसि.

राज्यसभा में जीतला प पिछड़ा आयोग के संवैधानिक दर्जा
राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन में शामिल अपना दल के उम्मीद बा कि यूपी से राज्यसभा के खाली भइल सीट भरा गइला का बाद राष्ट्रीय पिछड़ा वर्ग आयोग के संवैधानिक दर्जा दिआवे में आसानी हो जाई.

जौनपुर में मुठभेड़, 15 गो अपराधी गिरफ्तार
जौनपुर जिला के केराकत कोतवाली इलाका से लूटेरन से मुठभेड़ का बाद पुलिस दू गो के गिरफ्तार क लिहलसि आ ओहनी का लगे से असलहा, लूटल जेवरात, आ नगदी बरामद कइलसि. एकरा आलावे आजु 13 गो वारंटियनो के गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस. सभन के जेल भेज दिआइल बा.

मऊ में गाँजा तस्कर धरइले सँ
मऊ के सरायलखन्सी इलाका में तीन गो गाँजा तस्करन के गिरफ्तार क के पुलिस ओकना का लगे से 22 किलो गांजा बरामद कइलसि.

लोजद बनावे के एलान
जनता दल यूनाइटेड से निकाल फेंकल गइल शरद यादव के गुट अगिला 20 फरवरी का दिने नयी दिल्ली में लोकतांत्रिक जनता दल (लोजद) के नाम से एगो नया गोल बनावे के एलान करे के फैसला कइले बावे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: