मुजफ्फरपुर के मशहूर गरीबनाथ मंदिर के कुछ आतंकी अपना निशाना पर ले सकेलें एह अनेसा के जानकारी मिलला का बाद से मंदिर के सुरक्षा बढ़ा दीहल गइल बा. मेटल डिटेक्टर आ सीसीटीवी लगा के हर आवे जाए वाला पर निगाह राखल जा रहल बा. मंदिर के प्रवेश द्वार पर मेटल डिटेक्टर लगा दीहल गइल बा आ करीब एक दर्जन सिपाही हर आदमी के झोरा आ सामान के तलाशी लेत बाड़े.