पिछला बुध का दिने सारण के मढ़ौरा इलाका में मिर्जापुर निवासी उप प्रमुख सुरेश्वर दीक्षित के हत्या के अछरंग ओही गाँव के मिडिल स्कूल के हेडमास्टर आ भूरिया टोला के निवासी दिनेश सिंह समेत तीन जने अउर लोग के नामे लागत बा.
पुलिस के कहना बा कि ढेर दिन से चलल आवत विवाद में ई हत्या कइल गइल आ हत्या करे वाला पहिलहूं उनकर जान लेबे के कोशिश कइले रहलन. एगो पुरान हत्या का मामिला में सुरेश्वर दीक्षित गवाह रहलन आ हत्या करे वाला इहे बदमाश रहलन स.
अबहीं कवनो अछरंगी के गिरफ्तारी नइखे भइल बाकिर पुलिस के कहना बा कि जल्दिए एकनी के ध लीहल जाई.
ओने हत्या का बाद खिसियाइल लोग पुलिस जीप में आग लगा दिहले रहुवे जवना खातिर चार सौ लोग का खिलाफ मुकदमा लिखले बिया पुलिस.