सारण जिला के माँझी में नॉन बैंकिंग संस्था गोल्ड माइन के आफिस के ताला कोर्ट का आदेश पर बियफे का दिने प्रशासन तूड़वा दिहलसि आ बीडीओ सूरज कुमार सिंह आ दारोगा एसएन सिन्हा अउर भिखारी राम के मौजूदगी में कार्यालय के फर्नीचर, आलमारी, कम्प्यूटर वगैरह जब्त क लिहल गइल.
आफिस के आलमारी का दराज से 2,21,120 रुपिया नगदो बरामद भइल.
करीब डेढ़ बरीस पहिले तब के बीडीओ शंभू शरण सिंह एह संस्था पर छापा मरलन त कर्मचारी आफिस छोड़ के भाग खड़ा भइलें आ एकरा के सील क दीहल रहे. जवन काल्हु अदालत से आदेश ले के खोलल गइल.
बतावल जात बा कि एह संस्था में अगल बगल के लोग करोड़ो रुपिया डलले रहल जवन डूब गइल

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d