सिवान जिला के हुसैनगंज इलाका के कुतुब छपरा गांव में सोमार का रात दू गो घर में डकैती डाल के 18 लाख रुपिया से अधिका के संपति लूट लीहल गइल. एहमें साढ़े तीन लाख रुपिया नगदो शामिल बा.
बतावल जात बा कि डकैतन के एह गिरोह में पन्द्रह गो से अधिका डकैत शामिल रहलन स आ घर वालन के बान्ह के आराम से डकैती डललन सँ.