भोजपुर जिला के कोइलवर बाजार में शनिचर का भोरे एगो महादलित टैक्टर चालक के पीट पीट के मुआ दीहल गइल आ बाद में ओकर लाश ट्रैक्टर से लाद के ओकरा घर का दरवाजा पर फेंक के भाग गइलें अपराधी.
घटना के बाद खिसियाइल लोग ट्रैक्टर मालिक के बेटा के बंधक बना लिहलें आ ओकरा से मारपीट कइले. लाश के कोइलवर सड़ल पर राख के जाम लगा दीहल लोग आ पाँच लाख रुपिया के मुआवजा के मांग कइल लोग. एह जाम का चलते कोइलवर पुल पर तीन घंटा ले आइल गइल बाधित हो गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: