गंगा नदी के उफान से आधा बक्सर बाढ़ के पानी से तबाह बा. कोइरपुरवा, धोबी घाट आ रामबाग इलाका के हालात बहुते खराब बा, खई जगहा मेन रोड से हो के पानी बहत बा. बियफे का दिने बक्सर के दौरा का बाद खाद्य आपूर्ति मंत्री श्याम रजक मनलन कि बकसर में बाढ़ के हालात खराब बा आ तत्काल राहत सहायता देबे के जरूरत बा.