गोपालगंज जिला के बैकुंठपुर इलाका के बसहां गाँव में शुक का दिने आइल बारात में छूरेबाजी आ मारपीट का चलते एगो नवही के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि गाँव में आइल बारात के खाना खिआवत घरी मछरी कम पड़ गइल जवना का बाद बाताबाती होखे लागल. बाताबाती मारपीट आ छूरे बाजी में बदल गइल आ घराती का तरफ से खाना खिआवे में लागल एगो नवही के लोग छूरा घोंप के मुआ दीहल. एह घटना का बाद गाँव के लोग खिसिआ के थाने के बारातियन पर हमला बोल दीहल आ बारात भाग खड़ा भइल. जानकारी मिलला का बाद चहुँपल पुलिस केहु तरह मामिला सम्हरलसि आ सभके समुझा बुझा के शांति बनवलसि.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d