रांची, 19 मार्च. बिना बँटाइल पुरनका बिहार के अरबों रुपिया के बहुचर्चित चारा घोटाला से जुड़ल चउथको मामिला में आजु सीबीआई के विशेष अदालत बिहार के मुख्यमंत्री रहल आ राजद के मलिकार लालू प्रसाद यादव समेत 19 गो आरोपियन के दोषी मान लिहलसि बाकिर एगो अउर मुख्यमंत्री रहल जगन्नाथ मिश्र समेत 12 जने के बरी कर दिहलसि.

सी.बी.आई. के विशेष न्यायाधीश शिवपाल सिंह दुमका कोषागार से कइल गइल नाजा.ज निकासी का मामिला में सुनवाई के बाद लालू यादव समेत 19 गो अभियुक्तन को दोषी करार दिहलसि जबकि मुख्यमंत्री रहल डा.जगन्नाथ मिश्र आ लोक लेखा समिति के तब अध्यक्ष रहल ध्रुव भगत समेत 12 गो आरोपियन के सुबूत का कमी से बरी क दिहलसि.

सजा सुनावे ला अदालत 21, 22 आ 23 मार्च के तारीख तय कइले बिया जब क्रमवार रुप से दोषियन के सजा सुनावल जाई.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: