चारा घोटाला में जेल काटत लालू प्रसाद के सुप्रीम कोर्ट जमानत दिहलसि

LaluPrasadYadav-2007-Keasriya-Biharनयी दिल्ली 13 दिसंबर (वार्ता) चारा घोटाला मामिला मे झारखंड के रांची जेल मे पिछला तीन अक्टूबर से सजा काटत बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल लालू प्रसाद यादव के जमानत के अरजी सुप्रीम कोर्ट मंजूर क लिहलसि.

लालू प्रसाद यादव के चारा घोटाला के एगो मामिला मे रांची के विशेष सीबीआई अदालत पाँच साल के सजा सुनवले रहुवे. उनका संगही एगो अउर मुख्यमंत्री रह चुकल जगन्नाथ मिश्र आ दोसरो लोग के एह मामिला में सजा सुनावल गइल रहुवे.

एह मामिला में बाकी लोग के जमानत मिल चुकल बा आ एही बिना प लालू के अरजी लागल रहुवे जवना के सुप्रीम कोर्ट मान लिहलसि आ जमानत दे दिहलसि.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up