सोमार के देर रात सिवान का तरफ से आवत एगो ट्रक सिवान मैरवा रोड पर जीरादेई मोड़ का नियरा चार गो होमगार्ड जवानन के कचारत भाग गइल. दू गो होमगार्ड जवान के ठांवे पर मौत हो गइल आ दू गो घवाहिल जवानन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. चारो होमगार्ड जीरादेई में तैनात रहलें.
मरेवाला जवान रघुनाथपुर के मिर्जापुर गांव के मुटुर राम आ असांव थाना के सहसराव गांव के श्रीभगवान तिवारी रहलन.
बतावल जात बा कि रात में जाम लागल रहुवे आ ओही जाम के छोड़ावत रहुवे ई लोग.