सिवान जिला के हसनपुरा इलाका के शिवाला घाट पर छठ पूजा में शामिल होखे आइल एगो औरत के दू गो बदमाश कट्टा देखा के छेड़खानी कइले आ ओकरा गरदन से चेन नोच ले भगले. बाद में नाराज लोग सड़क जाम क के बदमाशन के गिरफ्तारी के मांग कइल त प्रशासन ओह लोग के डरा धमका के भगा दिहलसि. बाद में पुलिस के कहना बा कि अइसन कवनो घटना ना भइल रहुवे आ महज मारपीट भइल रहुवे जवना का बाद एक आदमी के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d