- इसुआपुर के थानाध्यक्ष रहला का दौरान भइल संजय तिवारी के हत्या का मामिला में छपरा मंडल कारा में बंद राजन सिंह उर्फ कुश, रविरंजन कुमार उर्फ लव, रविरंजन कुमार उर्फ कल्लू, विजय कुमार आ मुन्ना चौबे के न्यायिक दंडाधिकारी शक्तिधर भारती के न्यायालय में शुक का दिने कड़ा सुरक्षा का बीच पेश कइल गइल आ बाद में वापस जेल भेज दीहल गइल.
- दिघवारा पुलिस शुक का फजीरे नाबालिग प्रेमी जोड़ी के पकड़ लिहलसि. लड़िकी सोनपुर थाना के शाहपुर जैतिया के आ लड़िका परवेजाबाद के हउवे. लड़िकि बयान दिहले बिया कि जब ऊ पढ़े जात रहुवे त सोनपुर के गौतम चौक का लगे ई हमरा के जबरदस्ती मोटरसाइकिल पर बइठा के आमी मंदिर खातिर ले चलल कि चलऽ ओहिजे तोहरा हमरा से बिआह करे के बा. जबकि विजय अपना के शादी शुदा बतावत बा. देर ले थाना में एह बारे में कवनो केस दर्ज ना भइल रहे काहे कि पुलिस वाले अपने में अझूरा गइले एह केस लेके.
- छपरा सहर में बैंक से निकालल दू लाख रुपिया दिन दहाड़े जलालपुर थाना के अशोकनगर के रहे वाला एगो रिटायर्ड मास्टर से छीन ले गइले सँ बदमाश.
- भोजपुरी के शेक्सपीयर भिखारी ठाकुर के 44वीं पुण्यतिथि पर दरियापुर प्रखंड के हरपुर गांव में राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन के आयोजन भइल जवना में भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करे के माँग कइल गइल.
- एकमा थाना के भूइली नहर का लगे घर बनाके रहत एगो आदमी के बेटी से ओकरे किरायेदार सामूहिक कुकर्म क दिहलें जब ऊ अपना मेहरारू से मिले अपना ससुरारी गइल रहलें. बाद में उनुकर बेटा बेटी दुनू घर में बेहोश मिलले. दुनू के अस्पतला में भरती करावल गइल बा.
- जैतपुर दाउदपुर के नंदलाल सिंह काॅलेज में शुक का दिने इंटर में दाखिला खातिर नाजायज वसूली का खिलाफ विद्यार्थी बवाल क दिहलें. एह लोग के कहना बा कि पिछला साल बारह सौ रुपिया लागत रहुवे जबकि अबकी बेर साढ़े अठारह सौ लीहल जात बा.
- छपरा पुलिस लाइन के 8 नं. बैरक बियफे का रात भस गइल जवना से करीब एक दर्जन सिपाही घवाहिल हो गइले. एह लोग के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.
- सिवान के मलमलिया सरगिया टोला का लगे शुक का दिने मशरख ओर से आवत एगो बोलेरो का धक्का से मलमलिया के रामबिलास प्रसाद के मौत हो गइल. साठ बरीस के उमिर के रामबिलास साइकिल से कौड़िया से मलमलिया जात रहले जब ई हादसा हो गइल.
- सिवान के बसंतपुर प्रखंड मुख्यालय में शुक का दिने पहिले सांसद रहल स्व.रामदेव बाबू के 24वीं पुण्यतिथि मनावल गइल आ उनुका आदमकद मूर्ति पर फूलमाला चढ़ा के श्रद्धांजलि दीहल गइल.
- सिवान जिला के नौतन थाना के शाहपुर मिश्रौली गाव में पिछला पाँच बरीस से एगो चलत एगो कंपनी लोग के करोड़ो रुपिया ले के चंपत हो गइल बिया. थाना में केसो नइखे लिखल जात.
- गोपालगंज शहर के पोस्ट आफिस चौक का लगे शुक का दिने ट्रैफिक पुलिस के जवान के एगो रिक्शावाला छूरा घोंप दिहलसि. बाद में लोग ओह रिक्शाचालक के जम के धुनाई कइल. बाद में चहुँपल पुलिस दुनू जने के अस्पताल में भरती करवलसि.
- सिवान जिला के मटिहानी माधव आ सिछई गांव का बीच एगो सूखल पड़ल नाहर में एगो नवही के लाश मिलला से सनसनी पसर गइल. लाश वाली जगह सिवान थाना का इलाका में रहुवे से मीरगंज पुलिस एकर जानकारी सिवान थाना के पठा दिहलसि.
- जदयू उमेदवार के हार का बाद सिवान के चर्चित बाहुबली आ राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन अपना के दुनिया के सबले दुखी आ मजबूर आदमी बतवले बाड़न. उनकर कहना बा कि अपने लोग जब किनारा कर लेव त का कइल जा सकेला.