- काल्हु सोमार का दिने जाति के राजनीति करे वाला राजद आ जदयू के नेता लोग बयान दे के भा जुलूस निकाल के माँग कइल कि जाति के गिनिती वाला आंकड़ा के जगजाहिर करा दीहल जाव. सरकार अबहीं एहसे इन्कार नइखे कइले बाकिर चूंकि अबहीं ले जनगणना के आंकड़ा के सही आकलन बाकी बा एहसे जाति वाला आंकड़ा अबहीं सामने नइखे कइल गइल. बाकिर जातिए पर टिकल राजनीति करे वाला लोग के पेट में पानी नइखे पचत. सोमार का दिने लालू यादव अपना बेटन का साथे सड़क पर उतरलन आ मांग कइलन कि 25 जुलाई से पहिले जाति वाला आंकड़ा बता दीहल जाव ना त बिहार के बंद करा दीहल जाई. अब अतना त सभे जानत बा कि ई लोग बिहार के चला सके भा ना, बंद करावे के कूवत एह लोग का लगे हमेशा रहेला. ओने बिहार के मुख्यमंत्री नीतीशो कुमार के बयान आइल बा कि जाति के गणना पर केन्द्र सरकार के नीयत में खोट बा.
- बिहार राज्य सवर्ण आयोग के कहना बा कि उपरिको जातिवालन के जाति के प्रमाणपत्र दीहल जाव आ गरीब सवर्णन विद्यार्थियनो के मुख्यमंत्री प्रोत्साहन योजना वाला पुरस्कार दीहल जाव. आयोग आपन रिपोर्ट सरकार के दे दिहले बिया आ अब एहपर फैसला सरकार के करे के बा.
- बनियापुर थाना के हुरहरा खुर्द नहर का नियरा सोमार का दिने एगो नवही के दिनदहाड़े गोली मार के मुआ दीहल गइल. बाद में पुलिस चहुँपल आ ओकर पहचान जाने के कोशिश भइल. ओकरा लगे से एगो मोबाईल आ करीब एक हजार ले रुपिया मिलल. मोबाइल का सहारे ओकर पहचान करे के कोशिश होखत बा.
ठेको में आरक्षण के सुविधा बिहार सरकार पहिलहीं से दिहले बिया. अब एकरा के अउरी आसान बना दीहल गइल बा. अब महज दू हजार रुपिया शुल्क दे के आरक्षित वर्ग के लोग आपन आरक्षण करा सकी जवन दस साल ले मान्य रही आ बेर बेर रिन्यूअल के जरूरत ना पड़ी. साथही रोस्टर का मुताबिक ठेका दीहल जाई जेहसे कि धाँधली ना हो सके आ सभका फेराफेरी से ठेका मिल पाई. - छपरा जगदम काॅलेज में दाखिला ना मिलला से नाराज विद्यार्थी धांधली के आरोप लगावत तोड़फोड़ मचा दिहलें आ प्राचार्य के गाड़ी के शीशा फोड़ दिहले. एडमिशन काउन्टर बंद करा दिहलें. ओकरा बाद काॅलेज में घूम घूम के गाड़ियन के तूड़ेताड़े लगले. बाद में पुलिस चहुँपल तब जा के एह लोग के बवाल खतम भइल. प्रशासन के चाहीं कि अइसन लोग के पहचान क के कार्रवाई करे.
- ओने दाउदपुर जैतपुर के नंदलाल सिंह काॅलेजो में अइसने बवाल होखे के खबर बा. ओहिजे दाखिला ना मिलला का चलते नाराज विद्यार्थी हाईवे जाम क दिहलें. करीब एक घंटा का बाद एह लोग के जाम हटावल जा सकल आ एह बीच सड़क पर दुनू ओर गाड़ियन के कतार लाग गइल. प्राचार्य के कहना बा कि जतना सीट के अनुमति बा ओतना के दाखिला ले लिहले बाड़न आ बाकी खातिर कुछ कर पावल उनुका वश में नइखे.
- अदालत के आदेश का बाद बिहार में करीब सवा हजार फर्जी शिक्षक आपन नौकरी छोड़ दिहलन बाकिर सरकार के विजिलेंस विभाग पता ना का करत बा कि ओकरा अबहीं ले महज तीन गो फर्जी शिक्षक मिलल बाड़े. अदालत एह पर नाराजगी जतवले बिया आ आजु मंगल का दिने विजिलेंस के अपर पुलिस महानिदेशक के अदालत में हाजिर होखे के फरमान सुनवले बिया. शिक्षा विभाग के प्रधान सचिवो के बोलावल गइल बा.
- मुख्यमंत्री नीतीश का जनता दरबार में नौकरी मांगे आइल टीईटी पास नवहियन के विरोध का चलते कुछ देर ला हंगामा हो गइल आ पुलिस सात जने के गिरफ्तार कर लिहलसि. एह लोग के कहना रहुवे कि हर बेर भरोसा दे दीहल जाला बाकिर नौकरी मिले के कवनो आसार नइखे लउकत.
- सोमार का दिने आम्रपाली एक्सप्रेस से छपरा जंक्शन पर एगो सोलह बरीस के लड़िका के लाश उतारल गइल. लाश के पहचान कटिहार जिला के निवासी का रूप में भइल बा. मौत कइसे भइल एकरा बारे में कुछ थाह नइखे लागल. पोस्टमार्टम का बादे कुछ पता लाग सकी.
- गोपालगंज जिला के अनुसूचित थाना पर तैनात एगो सिपाही के मौत रायफल साफ करे का दौरान चलल गोली लगला से हो गइल. मरे वाला सिपाही रोहतास जिला के जोगिया गाँव के बतावल जात बा जवन कि थाना में मुंशी रहुवे.
- चलत फिरत चक्की से आटा पीसे वाला मशीन में धमाका हो गइला का चलते ओकरा के घेर के देखत चार गो बच्चा मर गइलें, आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. हादसा मुंगेर जिला से सटल बेगूसराय के कुतलपुर पंचायत के महादलित टोला में सोमार का दिने भइल.
- विधानसभा खातिर भाजपा के रणनीति बूथ का आधार पर बनावल जात बा. धुँआधार प्रचार का जगहा अबकी बेर गाँवे गाँव, बूथे बूथ प्रचार करे के योजना बा. भाजपा के प्लान बा हर बूथ जीते के कोशिश कइल आ बूथ जिताई त सीट त जीतहीं के बा. मीडिया में होखत एकतरफा भाजपा विरोधी रिपोर्टिग के अनदेखी करे के बात कहल जात बा कि काहे कि मीडिया के एगो धड़ा आपन एजेंडा बना लिहले बावे भाजपा के खिलाफत करे के.