एकमा नगर पंचायत ला वोट पड़ल
काल्हु शुक का दिने एकमा नगर पंचायत ला वोट डालल गइल. सबेरहीं से लोग वोट डालेला लाइल में लागल शुरू हो गइल रहुवे. कोहरगड़ बलुआपर बूथ पर फर्जा नाम पर वोट डाले चहुँपल लोग के पुलिस खदेड़ खदेड़ के पीटलसि. करीब 60 फीसदी वोटर अपना कर्तव्य के पालन कइलन जबकि 40 फीसदी लोग वोट डा़ले ना चहुँपल. बाद में इहे लोग विरोध करत मिल जाई कि काम नइखे होखत.

लड्डन मियां के एगो दोसरो केस में पुलिस रिमांड प लीहल जाई
सिवान में पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या मामला में गया जेल में बंद मुख्य आरोपी लड्डन मियां के एगो दोसरो केस में पुलिस रिमांड प ले के पूछताछ करे वाली बिया. सई 2015 में वार्ड पार्षद रीता देवी के मरद सुभाष चौहान के गोली मार दीहल गइल रहे जवना से घवाहिल होके सुभाष के मौत हो गइल रहुवे. एह हत्या में लड्डन मियाँ के हाथ होखे के संकेत मिलल बा.

दुबई से कमा के लवटत यात्री जहरखुरानन के शिकार हो गइल
मुजफ्फरपुर के एगो आदमी दुबऊ से कमा के घरे लवटत रहुवे. हवाऊ जहाज से दिल्ली चहुँपला का बाद ऊ ट्रेन से आवत रहे जब गोरखपुर आ गोंडा का बीच में कहीं ओकरा के नशा वाला चाय पीया के एगो जहरखुरान उनकर सगरी कमाइल निकाल ला गइल. बेहोशी का हातत में उनका के ढपरा में उतार के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा. होश में अइला का बादे पता चली कि कतना लुटाइल बा. ओकरा मामा के अन्दाज बा कि नाहियो ज दू लाख से अधिके ले गइल होखी ऊ जहरखुरान.

जलालपुर में तनाव
रिविलगंज थाना के जलालपुर में शुक का दिने मूर्त भसावे निकलल लइकन से इलाका के लोग अझूरा गइल. एह लोग के नाराजगी डीजे बजवला आ खुशी मनवला प रहुवे. जवना का बाद नारास लोग ठेला चौकी लगा के छपरा सिवान मेन रोड जाम क दीहल. खबर पा के चहुँपल एसपी, छपरा एसडीओ आ अनेके थानन के थानाध्यक्ष चहुँप के मामला सलटवले बाकिर तनाव अबहियों पसरल बतावल जात बा.

एसडीओ आफिस में तोड़फोड़
गड़खा प्रखंड के ईटवा पंचायत के मेहरारू काल्हु राशन किरासन ना मिलला से नाराजगी जतावत कलेक्ट्रेट में प्रदर्शन कइली आ एसडीओ आफिस में तोड़फोड़ मचा दिहली. ई लोग बैकुंठपुर के दू गो राशन दुकानदारन के लाइसेंस रद करे के मांग करत रहल.

कोटा में पढ़े गइल लईका जान दिहलसि
बिहार के सुपौल जिला से राजस्थान के कोटा में इंजिनयरिंग में दाखिला के तइयारी करे गइल एगो लईका बियफे का दिने जान दे दिहलसि. 16 बरीस के ई लईका अमन ओहिजा बनत एगो पुल से चंबल नदी में कूद गइल. एह से पहिले ऊ अपना माई बाप खातिर वीडियो संदेश छोड़ गइल बा.

गोपालगंज में मूर्ति भसान करे वालन पर रोड़ेबाजी
गोपोलगंज का तुरकाँहा में काल्हु शुक का दिने मूर्ति भसान करे जात जूलूस पर कुछ लोग रोड़ेबाजी करे लागल जवना से भगदड़ मच गइल. घटना के खबर पा के बड़ पुलिस अधिकारी मौकाएवारदात पर चहुँप के हालात प काबू पवलें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: