छपरा 22 फरवरी (वार्ता) सारण जिला के गरखा थाना इलाका के सिकहा गांव का लगे आजु दू गो ट्रकन के सोझा सोझी टक्कर में दुनु चालकन के मौत हो गइल.

पुलिस बतावत बिया कि छपरा-रेवा राष्ट्रीय उच्च पथ संख्या 102 पर पावर ग्रिड का नियरा दू गो ट्रकन के जोरदार टक्‍कर में दुनु ड्राइवरन के मौत हो गइल. ओह लोग के पहचान अबहीं नइखे हो पावल.

गाँव वालन से मिलल जानकारी का बाद मौका पर चहुंपल पुलिस दुर्घटनाग्रस्त गाड़ियन से लाश निकाल के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलसि.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d