छपरा शहर के आए दिन होखे वाला जाम से मुक्ति दिआवे खातिर वनवे सिस्टम कड़ाई से लागू कइल जाई. शहर में बैलगाड़ियन के घुसल बंद भइल. शहर में बड़का वाहन के घुसल मना. स्कूल के बड़हन बसो पर ई नियम लागू. लल्लू मोड़, भगवान बाजार से शिव बाजार होत कवनो वाहन ना जाई. भरत मिलाप चौक से एकरा के वनवे बना दीहल बा. डाकबंगला रोड में रोड डिवाइडर, आ भरत मिलाप चौक, मालखाना चौक, एसपी आवास, प्रसाद पेट्राल पंप के पास, भिखारी ठाकुर चौक पर आ राजेन्द्र सरोवर पर बैरियर लगावल जाई.
पटना से आए वाला बस-ट्रक भिखारी ठाकुर चौक से नेवाजी टोला होखत बाईपास का रास्ते जगदम कॉलेज का लगे निकलिहें. दारोगा राय चौक से आवे वाला बस ट्रक राजेंद्र सरोवर का लगे से जगदम कॉलेज ढाला होखत बाईपास रोड से निकलिहें.
हालांकि आयुक्त, डीआईजी, डीएम, एसपी, फायर ब्रिगेड, पुलिस वाहन, थाना के गाड़ी अउर एम्बुलेंसन के वनवे सिस्टम से अलगा राखल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: