पटना 28 फरवरी (वार्ता). बिहार के मुख्यमंत्री रहल आ हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा के अध्यक्ष जीतन राम मांझी आजु राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) से आपन राजनीतिक नाता तूड़ के लालू आ कांग्रेस के महागठबंधन में शामिल होखे एलान कर दिहलें.
एह एलान से पहिले राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के नेता आ बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल लालू पूत तेजस्वी प्रसाद यादव का साथे बइठके कइलन. बतावल जात बा कि विधानपरिषद के दू गो सीट के सौदेबाजी भइल बा.
पत्रकारन से बातचीत में माँझी बतवलन कि राजग से अलगा होखे के कारण के जानकारी काल्हु दीहल जाई.