The Prime Minister, Shri Narendra Modi addressing the gathering at the Indian Community Reception, in Dubai Cricket stadium, UAE on August 17, 2015.
दुबई क्रिकेट स्टेडियम में भारतीय समुदाय का तरफ से बोलावल स्वागत समारोह ‘मरहबा नमो’ में संबोधन देत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी
  • भारत आ संयुक्त अरब अमारात का बीच रक्षा आ सुरक्षा के क्षेत्र में रणनीतिक भागीदारी बढ़ावे के फैसला हो गइल बा. भारत में संयुक्त अरब अमारात बड़हन निवेश करे ला तइयार हो गइल बा. भारत आ संयुक्त अरब अमारात के तरफ से जारी साझा बयान में कहल गइल बा कि आतंकवाद के कवनो सूरत में सकारल ना जा सके आ मजहब आ आतंकवाद का बीच कवनो नाता ना होला. एह बात खातिर ओह देशन के आलोचना कइल गइल जे मजहबी आधार पर आतंकवाद के जायज ठहरावे के कोशिश करत बाड़े आ आतंकवाद के बढ़िया आ खराब दू तरह के बतावेलें.
  • थाइलैण्‍ड के राजधानी बैंकॉक में सोमार के सांझ करीब साढ़े पाँच बजे एगो हिन्दू मंदिर के बाहर भइल बम विस्फोट से नाहियो त अढ़ाई दर्जन लोग के जान चल गइल आ अनेके लोग घवाहिल हो गइल. मंदिर ब्रह्मा जी के हवे आ भीड़भाड वाला इलाका में बनल बावे. अगले बगल तीन गो बडहन शॅपिंग मॉलो बावे.
  • एह साल फसल उत्पादन में करीब साढ़े चार फीसदी कमी होखे के अनेसा जतावल गइल बा काहे के फरवरी-मार्च में बे मौसम बरखा आ खराब मानसून का चलते कम बरखा भइला से खेती पर असर पड़ल बा.
  • साल 2002 के नीतीश कटारा हत्या मामिला में विकास यादव, विशाल यादव आ सुखदेव पहलवान के सुप्रीमो कोर्ट दोषी मान लिहलसि आ निचला अदालत के फैसला के बरकरार राख दिहलसि. अब सजा के अवधि पर सुनवाई होखे के बा. हाई कोर्ट से विकास आ विशाल यादव के सजा बढ़ा के पचीस साल कर दीहल गइल बा.
  • लुईस बर्जर घूस मामिला में गोवा के कांग्रेसी मंत्री चर्चिल अलेमाओ के जमानत याचिका विशेष अदालत खारिज कर दिहले बावे.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर के पुंछ जिला में सीमा पार से आजुओ पाकिस्तानी गोलीबारी जारी रहल. भारतो का तरफ से एकर समुचित जवाब दीहल जात बा.
  • हिमालय के तराई इलाका में अगिला चार दिन ले भारी बरखा के अनेसा देखत उत्‍तर प्रदेश, बिहार, असम आ पश्चिम बंगाल में बाढ़ के चेतावनी जारी कइल गइल बा.
  • श्रीलंका के आम चुनाव सोमार का दिने शांति से पूरा हो गइल आ एह चुनाव में करीब सत्तर फीसदी लोग वोट डलले बा. वोट गिने के कामो शुरू हो गइल आ देर रात से नतीजो मिलल शुरू हो जाई.
  • सोमार का दिने बाम्बे स्टाक एक्सचेंज के सेंसेक्स आज 189 अंक ढिमला के आ निफ्टी 41 अंक गिर के बंद भइल. डालर का मुकाबले रुपिया 31 पइसा कमजोर हो गइल आ सोना चाँदी के दाम में बढ़ोतरी देखे के मिलल.
  • पिछला टेस्ट में चोट लगला का चलते भारत के सलामी बल्लेबाज शिखर धवन श्रीलंका का संगे खेलल जाए वाला टेस्ट सीरीज से बाहर हो गइल बाड़न.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी मंगल का दिेन फेरू बिहार दौरा पर आवत बाड़े. एहिजा आरा में ऊ अनेके योजना के शुरूआत करीहेंं. ओकरा बाद सहरसा में भाजपा के रैली के संबोधित करीहें.
  • बिहार सरकार नियोजित शिक्षकन के वेतनमान बढ़ावे खातिर केन्द्र सरकार से अउरी डेढ़ हजार करोड़ रुपिया के मांग करे वाली बा.
  • प.चम्पारण के बेतिया राजडेयोढी का लगे से पुलिस दू गो अपराधियन के जाली नोट साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • सिवान जिला के बसंतपुर इलाका में एगो सड़क हादसा में एगो शिक्षक के मौत हो गइल.
  • भारी शोर शराबा, हंगामा आ नारेबाजी का बीच यूपी विधानमण्डल के दुनू सदनन में सोमार का दिने अनुपूरक बजट मांग पेश कइलसि सरकार. एहमें लगभग बीस हजार करोड़ रूपिया के अनुपूरक बजट मांग शामिल बाड़ी सँ. दुनू सदन में प्रश्नकाल ना हो पावल आ सदन काल्हु तक ले टार दिहल गइल.
  • गाजीपुर के रास्ते छपरा से इलाहाबाद ले रेलमार्ग के डबल लाइल आ बिजली वाला करे के काम के शिलान्यास करत रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा सोमार का दिने आशा जतवले कि एह काम के अगिला तीन बरीस का भीतर पूरा कर लीहल जाई.
  • अल कायदा के संस्थापक ओसामा बिन लादेन के ऑडियो टेप से पता चलल बा कि ऊ महात्मा गांँधी के विचारन से प्रभावित रहुवे.
  • वाराणसी से शारजाह खातिर सीधे विमान सेवा सोमार का दिने शुरु क दीहल गइल. पहिला फ्लाइट में 184 यात्री शारजाह खातिर रवाना भइलें.
  • उत्तर प्रदेश के बदहाल कानून-व्यवस्था आ भ्रष्टाचार का खिलाफ प्रदर्शन करत कांग्रेसियन के लखनऊ पुलिस जम के पिटाई कइलसि जवना से पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष निर्मल खत्री समेत अनेके बड़का कांग्रेसी नेता घवाहिल हो गइले.
  • ओवैसी के रूप में भाजपा के बिहार में एगो तारनहार मिले वाला बा. यूपी में लोकसभा चुनाव का दौरान पीस पार्टी के मौजूदगी से हिन्दू वोट एकजुट हो गइल रहुवे आ कहे वाला कहेलें कि पीस पार्टी के खरचा चलावे खातिर योगी आदित्यनाथ से भरपूर फंडिग मिलल रहुवे. हालांकि एह बात के कवनो प्रमाण सामने नइखे आइल. अब बिहार में ओवैसी के एक्टिव हो गइला से भाजपा के हिन्दू वोट बैंक के एकजुट होखे के पूरा उमेद बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: