भभुआ 22 फरवरी (वार्ता) बिहार के कैमूर जिला में पशु तस्करन का खिलाफ चलावल एगो विशेष अभियान में पुलिस आजु भोरे तीन गो ट्रकन से 65 गो मवेशियन के जप्त करत पांच गो तस्करन के गिरफ्तार क लीहल गइल.
पुलिस से पता चलल कि दुर्गावती थाना इलाका में राष्ट्रीय उच्च पथ संख्या दू पर टोल प्लाजा का लगे तीन गो ट्रक रोक के बारी-बारी से ओहनी के तलाशी ली गइल त कुल 65 गो मवेशी जप्त कइल गइल.
एह मवेशियन के उत्तर प्रदेश का रास्ते पश्चिम बंगाल भेजल जात रहुवे. एह ट्रकन प मौजूद पांच गो तस्करन के गिरफ्तार क के पूछताछ कइल जा रहल बा.