सारन जिला के तरैया बाजार इलाका के एगो भाजपा नेता समेत चार जने का घर से चोर लाखों के सामन चोरा ले गइलें. शुक के रात भइल ई चोरी चार गो घर में भइल. भाजपा नेता वीरबली सिंह के घरे बेटी के तिलक चढ़ावे जाए खातिर सामान राखल रहुवे. चोर सगरी सामान चोरा ले गइले सँ. जवना घर में मेहरारू सूतल रही सँ तवना के बाहर बंद क दिहले रहलें सँ चोर.
भागत चोर चाभी के गुच्छा छोड़ गइल बाड़े सं जवना में हर तरह के चाभी लागल बा. एहमे बड़ छोट मिला के कुल्ह सोरह तरह के चाभी बाड़ी सँ.
पुलिस के कहना बा कि चोरन के पता लगावे खातिर छापामारी कइल जात बा आ जल्दिए एह कांड के भंडाफोड़ क दीहल जाई.