भोजपुर जिला के बड़हरा से राजद विधायक सरोज यादव सोमार का दिने चरपोखरी थानाध्यक्ष कुंवर गुप्ता के फोन पर धमकी दिहलन कि थाना में घुस के जान से मार दीहें उनुका के.
एकरा बाद थानाध्यक्ष के बयान पर विधायक सरोज यादव का खिलाफ एफआइआर लिखावल गइल बा. बतावल जात बा कि एगो हत्या के मामला में आरोपी के बचावे ला दबाव बनावत रहले विधायक सरोज यादव आ जब उनुका मन लायक करे के तइयार ना भइलन थानाध्यक्ष त विधायक उनुका के जान से मार देबे के धमकी दे दिहलन.
ओने विधायक सरोज यादव के कहना बा कि ऊ बडिहा गांव के मुकेश के हत्या का मामिला में जानकारी लेबे ला फोन कइलन त थानाध्यक्ष कहलन कि सीमा में रहिए आ फोन पर उनुका साथे बदसलूकी कइलन.