बिहार में पहिले मंत्री रहल नरेंद्र सिंह आ सम्राट चौधरी के विधान परिषद के सदस्यता बुध का दिने खतम करे के फैसला परिषद के सभापति अवधेश नारायण सिंह सुना दिहलन. एह से पहिले मंत्री रह चुकल महाचंद्रो प्रसाद सिंह के सदस्यता अइसहीं खतम क दीहल गइल रहुवे. एगो दोसरो मंत्री रहल मंजर आलम अपनहीं इस्तीफा दे दिहले रहलें. एगो अउर विधायक शिव प्रसन्न यादव के मामिला के सुनवाई अबहीं चलत बा.
जदयू के एह चारों नेतवन के विधान परिषद सदस्यता संविधान के 10 वीं अनुसूची लँघला का चलते खतम कइल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: