बिहार के सीएम आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार आजु एक बेर फेरु रेघरिया दिहलन कि ऊ भाजपा का साथे नइखन जाए वाला आ एह तह के कवनो बात बकवास छोड़ कुछ अउर ना ह. साथही इहो कहलन कि राजद के रैली महागठबन्हन के रैली ना ह एहसे ओह रैली में जदयू के दलगत आधार प शामिल होखे के कवनो जरुरत नइखे आ जदयू शामिल होखे जातो नइखे. हँ निजी रुप से बोलहटा आइल त रैली में हाजिर हो सकीलें.
एक जमाना पहिले देश के पीएम बने के साध राखे वाला नीतीश अब कवनो गलतफहमी में जीए के तइयार नइखन आ साफ कहलन कि बारह पनरह गो सांसदन के बूते पीएम बने के सपना देखै वाला ना हउवन ऊ. अब ऊ अपना के बिहारे ले समेट के राखल चहीहें आ कोशिश रही कि बिहार के अधिका से अधिका सेवा क सकस.
नीतीश कुमार अतवार का दिने जदयू के राज्य कार्यकारिणी के बइठक में अपना गोल के रणनीति प राय विचार करे आइल रहलन, कहलन कि मौजूदा हालात बहुते अझूराइल बा एहसे कार्यकर्ता लोग बेमतलब के बयानबाजी मत करे.
अपना का भाजपा का खिलाफ देखावत नीतीश ओकरो प जम के वार कइलन आ कहलन कि देश के दुर्भाग बा कि आज ऊ गोल सरकार चलावत बा जवना के आजादी का लड़ाई में कवनो रोल ना रहल. कांग्रेसो से आपन नाराजगी जतावत कहलन कि सोनिया के मीटिंग में उनकर जाए के प्रोग्राम रहुवे बाकिर ओकरा पहिलही गुलाम नबी आजाद अइसन बयान दे दिहलन कि ऊ आपन प्रोग्राम बदल दिहलन.