रोहतास जिला के नौहट्टा इलाका के बंको मोड़ का लगे से बियफे के रात एगो फर्जी दारोगा के ध लीहल गइल आ ओकर स्कार्पियो आ मोबाइल जब्त क लीहल गइल.
नौडीहां के रहे वाला मनोज कुमार पाण्डेय नाम के एगो नवही फर्जी वर्दी पहिरले गाड़ियन से नाजायज वसूली करे में लागल रहुवे तबहियें नौहट्टा के थानाध्यक्ष गश्ती करत जीप से ओहिजा चहुँपलन. सभे सादा वेष में रहुवे से ओहू लोग के जीप से कागजात माँग लिहलसि मनोज. जब कहल गइल कि कागजात नइखे तब साढ़े तीन हजार रुपिया मांगे लागल मनोज आ तब पुलिस वाले ओकरा के ध लिहलें.
बतावल जात बा कि मनोज का खिलाफ झारखंड के बोकारो में हत्या के केस दर्ज बा.