बंगाली डाक्टर के लोग पीट-पीट के मुआ दीहल

सिवान जिला के धनौती इलाका के मोजाहिदपुर गाँँव के एगो बंगाली डाक्टर के लोग पीट पीट के मुआ दीहल. बतावल जात बा कि ई बंगाली डाक्टर गाँवे के एगो आदमी के घर में चोरी करे घुसल रहुवे जब घर के सगरी सँवाग सूतल रहलें. जवना कमरा में पांच गो बचवा सूतल रहले सँ ओह में इथर स्प्रे क के ऊ सभन के बेहोश क दिहलसि. अबहीं ऊ एह बचवन के बेहोश करे में लागले रहुवे तबले घर के कुछ मेहरारू जाग गइली सँ आ ओकनी के हल्ला सुन के बगलो के लोग जाग गइल.
सभे एह डाक्टर के ध लीहल आ लाठी डंडा से पीट पीट के ठांवे पर मुआ दीहल. बेहोश बचवन के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
पुलिस मौकाए वारदात से अठारह लीटर इथर बरामद कइले बिया आ स्प्रे करे के सामान.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up