बिहार आ यूपी के उपचुनावन ला भाजपा उम्मीदवार घोषित

नयी दिल्ली, 19 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश आ बिहार के तीन गो लोकसभा सीटन अउर बिहार के एगो विधानसभा सीट पर होखे वाला उपचुनाव ला भारतीय जनता पार्टी अपना उम्मीदवारन के एलान क दिहलसि.

भाजपा के केन्द्रीय चुनाव समिति उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ का इस्तीफा से खाली भइल गोरखपुर सीट से श्री उपेन्द्र शुक्ला के, आ उपमुख्यमंत्री केशव मौर्य के इस्तीफा से खाली भइल फूलपुर सीट से श्री कौशलेन्द्र सिंह पटेल के, अउर राजद सांसद रहल मोहम्मद तस्लीमुद्दीन के मरला का चलते खाली भइल बिहार कै अररिया सीट से श्री प्रदीप सिंह कै उम्मीदवार बनाव के फैसला क लिहलसि.

एही तरह से बिहार विधानसभा में भभुआ सीट से श्रीमती रिंकी पांडेय के उम्मीदवार घोषित कइल गइल बा.

बिहारे के जहानाबाद विधानसभा सीट के उपचुनाव में भाजपा के कहला पर ओकर संगी गोल जदयू श्री अभिराम शर्मा के आपन उम्मीदवार घोषित कइले बिया.

एह सीटन पर 20 फरवरी ले परचा दाखिल कइल जा सकी आ भोट 11 मार्च 2019 के डालल जाई. गिनिती 14 मार्च के होखी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up