(अतवार, 25 दिसंबर)

  • राजगीर में जदयू के विधायक आ मंत्रियन के बइठक में नीतीश कुमार कहलन कि अपना अपना इलाका के विकास के काम सब लोग समय सीमा का भीतर करवा लेव.
  • दू दिन से निकलत धूप का चलते कड़ाके के ठंड से मिलल राहत के मद्देनजर अगिला दू जनवरी से स्कूलन में कक्षा एक से आठ के पढ़ाई फेर शुरू हो जाई जवन पिछला दिने बंद करा दिहल गइल रहे.
  • छह सौ करोड़ रुपिया खरचा करि के रा्ज्य में बंद पड़ल नौ हजार राजकीय नलकूपन के मरम्मत कर के चालू करा दिहल जाई. साल चौदह ले सगरी गाँवन के बिजली चहुँपा दिहल जाई.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up