बिहार संयुक्त प्रवेश प्रतियोगिता परीक्षा परिषद के करावल मेडिकल अउर इंजीनियरिंग कोर्सन में दाखिला परीक्षा के परचा लीक हो जाए के खबर आइल बा. एही परीक्षा में बेगूसराय के तीन गो परीक्षार्थियन के गिरफ्तार क लीहल गइल. ई लोग वाट्सएप्प के सहारे नकल करत धराइल रहुवे. एकरो जाँच होखत बा कि ई लोग मोबाइल का साथे घुस कइसे गइल.
तीनो बेतिया के हउवें.

बिहार सरकार 9वीं के परीक्षा बिहार विद्यालय परीक्षा समिति से करावे के फैसला कइले बिया आ एकरा के पास कइला का बादे मैट्रिक के फार्म भर सकीहें परीक्षार्थी. 9वीं के परीक्षा में 15 लाख से अधिका परीक्षार्थियन के शामिल होखे के उम्मीद बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: