आजु बिहार विधानसभा चुनाव के पाँचवा आखिरी दौर के वोटिंग में रिकार्ड 60 फीसदी वोट पड़ला का बाद टीवी चैनलन पर अलग अलग एजेन्सियन के कइल एक्जिट पोल देखावल गइल. केहु एनडीए के बहुमत देत बा त केहू महागठबन्हन के आ बाकी लोग कांटा के टक्कर बतावत बा. दुनू गोल के लोग आपन आपन जीत के दावा करत बाड़ें. लालू के कहना रहल कि अगड़ी जाति के लोग मेहरा गइल आ वोट देबे ना निकलल जवना से उनकर महागठबन्हन 190 सीट ले जीत सकेला. दोसरा तरफ टूडेज चाणक्या के पोल के दावा बा कि एह चुनाव में एनडीए के बड़हन बहुमत मिले जात बा आ महागठबन्हन के कम बेसी 89 सीट मिले वाला बा. सब छँवड़ी झूमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहूं वाला अन्दाज में बँवरो गोल के दावा बा कि ओकर गठबन्हन शानदार वापसी करे जा रहल बा बिहार के राजनीति में.
चुनाव आयोग अब वोट गिने के काम के तइयारी शुरू क दिहले बावे. 8 नवंबर के भोर 8 बजे से वोट गिने के काम शुरु हो जाई. एह ला राज्य भर मे 39 गो गिनिती केन्द्र बनावल गइल बा. सहरसा जिला में दू गो मतगणना केन्द्र बनावल गइल बा जबकि बाकी जिलन में एकहएक गो.
बिहार चुनाव : एक्जिट पोल – एक नजर में
सर्वे | एनडीए | महागठबन्हन | बाकी सब |
न्यूज नेशन | 122 | 117 | 4 |
इंडिया टुडे-सिसेरो | 101-120 | 112-132 | 6 |
आइबीएन सेवन-एक्सिस | 95 | 135 | |
न्यूज एक्स-सीएनएक्स | 90-100 | 130-140 | 13-23 |
इंडिया टीवी-सी वोटर | 101-121 | 112-132 | 6-14 |
इंडिया टुडे-चाणक्या | 155 | 83 | 5 |
एवीपी-नीलसन | 108 | 130 | 5 |
टाइम्स नाऊ-इंडिया टीवी | 111 | 122 | 10 |
टुडेज चाणक्या-न्यूज 24 | 155 | 83 | 5 |
दैनिक जागरण | 130 | 97 | 16 |