pub-4188398704664586

बिहार में ‘कानून के राज’ लवट आइल

by | Nov 19, 2015 | 0 comments

बिहार में महागठबन्हन का जीत का बाद जनता के भरोसा ‘कानून के राज’ पर अतना हो गइल बा कि जेकरे देखी उहे कानून के अपना हाथ में ले लेत बा.
बेगूसराय के चकिया थाना के बरियाही गाँव में भइल एगो हत्या के जाँच करे चहुँपल पुलिस वालन पर गाँव वाले हमला बोल दिहलेश आ एगो दारोगा आ एगो सिपाही के पीट के घवाहिल कर दिहले. दारोगा के रिवाल्वरो छीन लीहल गइल. हालांकि बाद में रिवाल्वर मिल गइल.
एहू ल खराब घटना वैशाली के लालगंज थाना इलाका में भइल जहाँ लोग एगो दारोगा के अतना पीट दीहल कि उनकर मौत पीएमसीएच में इलाज का दौरान हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586