केन्द्र सरकार राष्ट्रीय कौशल विकास मिशन के तहत बिहार में छह गो प्रशिक्षण केन्द्र खोले के इजाजत दिहले बिया. एह केन्द्रन के बक्सर, सारण, दरभंगा, सीतामढ़ी, मुजफ्फरपुर अउर भागलपुर में खोलल जाई.
श्रम संसाधन विभाग के सचिव बतावत बाड़न कि सारण, मुजफ्फरपुर अउर बक्सर में जमीन उपलब्ध बा एहसे एह जगहन पर भवन बनावे के काम जल्दिए शुरु हो जाई. बाकी जगहा अस्थाई रूप से भवन के इंतजाम करावल जाई.
एह कौशल विकास केन्द्रन पर आटोमोबाईल, टेक्सटाईल, लेदर, जेम एंड ज्वेलरी जइसन काम के प्रशिक्षण दीहल जाई.