बिहार में गंगाजल के दौर लवटे के आहट

पटना के रूपसपुर इलाका के महुआबाग में बैंक लूटे आइल चार गो बदमाशन में से एगो जनता का हाथे लाग गइल आ लोग जे बा से कि ओकर हाथे काट दीहल.

पुलिस अब ओह बदमाश के हिरासत में लेके अस्पताल में भरती करा के इलाज करावत बिया आ मामिला के छानबीन करत बिया.

पिछला बेर जंगल राज से अलसाइल लोग कानून हाथ में ले के कुछ अपराधियन का आँख में तेजाब डाल के आन्हर क दिहले रहुवे.

Loading

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up